सईयाँ ले -ले अईह सावन में पियरिया,
पियरिया बड़ा नीक लागेला।
पीयरी पहिरी हम भोले धामे जईबो
भोले के हम त बेलपत्र चढ़ईबो
हो सईयाँ ले- ले अईह
बेलपत्र क डरिया
पियरिया बड़ा नीक लागेला।
सईयांँ ले- ले अइह सावन में——।
पियरी पहिरी हम कान्हा धामे जइबो
कान्हा के हम त मक्खन चढ़इबो
हो सईयाँ ले-ले अइह मक्खन क गगरिया
पियरिया बड़ा नीक लागेला।
सईयाँ ले- ले अइह सावन में——।
पियरी पहिरी हम श्री राम धामे जइबो
श्री राम के हम त बईर चढ़ईबो
सईयाँ ले- ले अइह पाकल बइरिया
पियरिया बड़ा नीक लागेला।
सइयाँ ले- ले अइह सावन में पियरिया——-।
पियरी पहिरी हम नारायण धामे जइबो
नारायण के हम त केलवा चढ़इबो
सईयाँ ले- ले अईह केलवा क घरिया
पियरिया बड़ा नीक लागेला।
सईयांँ ले- ले अईह सावन में पियरिया——।
साधना शाही, वाराणसी